Welcome : Guest Create an new account
Bookmark and Share

Thursday, July 15, 2010

इस्लामाबाद से बतकही खातिर भारतिय बिदेश मंत्री क पाकिस्तान यात्रा

इस्लामाबाद ,पाकिस्तान

भारत क विदेश मंत्री एसएम कृष्णा जी तीन दिन के आधिकारीक यात्रा पर पाकिस्तान गईल बाङन । पाकिस्तान के विदेश मंत्री ,प्राधानमंत्री ,राष्ट्रपति और विपक्षी पार्टियन के कुछ नेता लोगन से बतकही करीहन । इस्लामाबाद मे होखेवाली एह बतकही से कवनो ढेर उम्मीद नईखे लऊकत , मुम्बई मे भईल हमला के बाद से ई कवनो भारतिय विदेश मंत्री के पाकिस्तान मे पहिला यात्रा ह ।काल्ह चोहपते ही ऊहा के पत्रकारन से वार्ता कईलीन और कहलन की हम शांति के संदेश लेके आईल बानी । लेकीन बतकही के कवनो ढेर परीणाम तबले ना निकल पाई जबले पाकिस्तान मुम्बई मे हमला करे वालन के खिलाफ कवनो ठोस कार्यवाही नईखे करत । आऊर जबले ई वादा न करी कि फिरु मुम्बई जईसन हमला भारत मे पाकिस्तान कि धरती से ना होई

Our partner's :

EtipsBlog-News

0 गो टिप्पणी:

  © Free Blogger Templates Blogger Theme II by Ourblogtemplates.com 2008

Back to TOP