Welcome : Guest Create an new account
Bookmark and Share

Thursday, July 8, 2010

ई उच्च शिक्षा के दर्द

आज कवनो भी गाँव मे चल जाई चाहे ऊ बिहार के गाँव होखे या यूपी के , हर जगह ई दर्द देखे के मिली । लोग बढीयाँ पढाई ,नौकरी खातिर सहरे मे भागता । हम खुदे बीए पार्ट सेकेण्ड के क्षात्र हईँ । आ हम हू एह विमारी के चपेट मे आ गईल बानी । उत्तराखंण्ड राज्य के खूबसूरत वादियन के बिच बसल स्कूल मे हम पढाई करतानी ।जब भी अपना गाँव जानी त अपना दोस्त लोग भेटईबे ना करेलन ,काहे से केहु नौकरी करे गईल त केहु उच्च शिक्षा खातिर । अब गाँव मे हमरा उमीर (19 वर्ष) ले क हमार साथी लोग हईये नईखन लोग । पर के बा एकर दोसी , अगर गाँव मे उच्च शिक्षा के जोगाङ रहीत त हमहन के गाँव ना छोङे के पङीत । ज्यादातर गाँव मे एक से लेके 12 तक स्कुल बा जेवना मे मास्टर साहब लोग अपना मर्जी के आवेलन जा । गाँव मे पढाई और उच्च शिक्षा के बन्दोबस्त ना होईला के कारण हम लोग न चाहते हुए भी अपना गाँव छोङने को मजबुर है ।

जरुरी बात-

अब एह पत्रिका के प्रकाशन प्रत्येक तीन दिन के बाद होई । यानी एक महिना मे कुल 10 गो ले सामाग्री प्रकाशित हो सकेले । बिना आप लोगलन के सहयोग के ई पत्रिका ढेर दिन ना चल पाई ।एही से आप लोग कवनो भी विषय समाज ,तकनिकी ,ब्लाग ,खेल ,कारोबार ,भोजपुरी फिल्म , कविता ,कहाँनिया , चुटकुला , रोचक विषय , विज्ञान और संपादकीय पर हमहन के भेज दीँ । आपन नाम आउर पता के साथ bhojpurinext@gmail.com पर भेज दीँ।
Our partner's :
EtipsBlog

0 गो टिप्पणी:

  © Free Blogger Templates Blogger Theme II by Ourblogtemplates.com 2008

Back to TOP