Welcome : Guest Create an new account
Bookmark and Share

Sunday, July 11, 2010

हम भारत के दिवाने-एक भोजपुरी गीत

ए भईया आप लोग जानत बानी जा की पंद्रह अगस्त आवे वाला बा , त आज आप लोगन खातिर ई पत्रिका जवना क नया नाम "बहिनीया डाँट काँम" रखल जात बा । आप लोगन खातिर एगो गीत

पावन बा दिन आज सुनी कहानी
पंद्रह अगस्त हऊवे मिलल अजादी
काहे होता हमरा देश मे लुट भईया जी-2
तनी रहा ना एह देश मे एकजुट भईया जी
1.कवन अंग्रेजवा ना देशवा के लुटलस
सोना के चिरईया के रस जईसन चुसलस
बाकी होखा ना अब कवनो चुक भईया जी-2
तनी रहा ना एह देश मे एकजुट भईया जी
2.गांधी बाबा के ई देश मे का होता
धरती धधक बनल आग के गोला
काहे करेल अब कवनो भूल भईया जी-2
तनी रहा न एह देश मे एकजुट भईया जी
3.कहे मुकेशवा एही झंडा के सान बा
इहे तिरंगा त देशवा के जान बा
एकरा सम्हने जा अबो तू झुक भईया जी
तनी रहा ना एह देश मे एक जुट भईया जी । । । ।

2 गो टिप्पणी:

girish pankaj July 12, 2010 at 11:45 AM  

sundar kavitaa. blog ke liye shubhkamanae.

विज्ञान भारती July 12, 2010 at 12:27 PM  

गिरीश जी राऊर अतना अनमोल विचार के जान के हमहन के गदगद हो गईल बानी जा ।

  © Free Blogger Templates Blogger Theme II by Ourblogtemplates.com 2008

Back to TOP