Welcome : Guest Create an new account
Bookmark and Share

Tuesday, July 13, 2010

काशी नगरी बनरास मे क्वीनस बेटन के जोरदार स्वागत भईल

बहिनीया डाँट काँम बनारस प्रतिनिधी :

दिल्ली मे एही साल होखेवाला राष्ट्र मंडल खेल के प्रतिक क्विनस बेटन 70 गो राष्ट्र मंडल देशन के यात्रा के बाद उत्तर प्रदेश के बनारस मे पहुचल । जहा काशी नगरी बनारस के लोग एकर जोरदार स्वागत कईलन । उत्तराखंड के देहरादून ,हरिद्वार के बाद ई बेटन यूपी के बरेली ,लखनऊ ,इलहाबाद के बाद पूर्वाँचल के बनारस पहुचल । क्वीनस बेटन के आगमन के चलते बनारस मे सुरक्षा ब्यवस्था के पुख्ता इंतजाम कईल गईल रहे । बेटन के आगमन पर लोगन के चेहरा खिल गईल रहे , बेटन के स्वागत मे सांस्कृतिक कार्यक्रम के भी आयोजन भईल । जईसही काल्ह बेटन बनारस पहुचल त लोगन के एगो आऊर मनोकामना पुरा हो गईल । काहे से काल्हे पूर्वाँचल मे निमन बूनी पङल बा । बेटन बनारस के बाद बिहार मे जाई । एह बेटन के एगो खासियत ई ह कि ई जवना भी देश मे गईल ओह देश के झंडा के रंग के उजियार के रुप मे बेटन से निकलल ।
bahiniya.com partner's :

EtipsBlog

0 गो टिप्पणी:

  © Free Blogger Templates Blogger Theme II by Ourblogtemplates.com 2008

Back to TOP